चन्द्र गुरुङ नेपाली कवि हईं । रउरा बहराइन में कार्यरत बानी। चन्द्र गुरुङ के पहिलका कविता संग्रह सन् 2007 में प्रकाशित भइल रहे । राउर लिखल नेपाली कवितन के अंग्रेजी अनुवाद दूसरकी कविता संग्रह के रुप में सन् 2020 में दिल्ली से भइल ।
चन्द्र गुरुङ कविता के अलावा अनुवादो करे में आगे बानी। रउरा विदेशी कवियन के कविता के नेपाली भासा में अनुवाद कइले बानी । नेपाली कविता के क्षेत्र में योगदान खातिर रउरा “अस्विकृत विचार साहित्य सम्मान” से सन् 2016 में सम्मानित कइल गइल रहे। प्रस्तुत बा चन्द्र गुरुङ के एगो नेपाली कविता के अनुवाद। मूलतः ई नेपाली के कविता ह एकरा अंग्रेजी में अनुवाद कइल गइल बा। अनुवादक आ रचनाकार के inter active अनुवाद भइल बा।
बचवन के खेल।
खेलत बाड़न छोट–छोट लइकनमाटी सेलकड़ी आ खरिक्का से बनल घर माटी से बनल बरतनथरिया–कटोरा, बाल्टी आ देगची मस्त बाड़न सभे माटी के खेलवना सङ्गे।
लइकन खेलत बाड़न पानी मेंपानी के ऊपर चला रहल बाड़न कागज के नाव खुसी सेतरबतर भींजल बाड़न पानी से आनन्दित बाड़न पानी के ठंडक से।
चुनत बाड़न फूल लइकन सभेलगावत बाड़न कान में, केस मेंई रंग बिरंगा फूलबिसरा के भइल लड़ाई झगड़ा
संघतियन सङ्गे डूबल बाड़न सभे फूल के सुंदरता में ।
चिढावत बाड़न सन ई लइकाबूढ़वा आ बुढ़िया के कूदत-फानत नाचतखोजत बाड़न बुढ़वन के झूलत चाम में कुछदेख रहल बाड़न उनकरउज्जर केस के रहस्य ।
खेल रहल बाड़न लइका लो खुसी सेनियरे लउकत बाड़न जिनगी केकवनो डर भा चिन्ता से दूर रमल रहलें लइकन आपन अलग दुनियाँ में ।
जदिई बचवन लगे जात बानी रउरा उ करेलें संदेह उ डेरा जालें उ चिल्लाए लागे लेंउ विरोध करेलेंउ रोवे लागेलेंओह बेरा बचावल चाहेलें लइका लोआपन एगो सुन्नर दुनियाँ जेकरा बा डर हमनी से।

कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें